अइसन बीमारी आइल बा
मनवा ई काहे घबराइल बा
जे रहले ई भगवान देश के
ऊ बीमार होके आईल बा।
सावधानी ही बस इलाज हवे
नाही कउनो ऐकर दवाई हवे
एक ग़ज़ की दूरी बनावे के बा
कोरोना से देश बचावे के बा
ई कोरोना नाही ई अभिशाप ह
इंसानी कारतूतन के त पाप ह
अब्बों से अपने में तू सुधार लाव
जिंदगी नाही आपन दाव लगाव
मुँह नाक हमेशा से ढकल करअ
हाथें के साबुन से तू धोवल करअ
भूल कर केहू से हाथ न मिलइह
कबहुँ कहूं के नगिचे न बईठइह।
घरवा में सबकर ख्याल तू धरिह
माई के काम में तू हाथ बटइह
भूलवइह जीन तू घरवा आपन
सबही के संग तू प्यार बटईह
कोरोना बीमारी ते कल चल जाई
बितल वक़्त फिर न वापस आयी
ऐसे ई समय के खुल के जी लिहा
माई बाउजी संग बईठ चाय पीहा।
अविनाश सिंह
8010017450